Aiha Jaldhari Kare Lyrics Pawan Singh

Aiha Jaldhari Kare Lyrics Pawan Singh. Aiha Jaldhari Kare Ae Jaan Uhe Wala Sari Pahin Ke Lyrics Written By Arun Bihari While Music By Chhotu Rawat & Sung By Pawan Singh & Priyanka Singh

Aiha Jaldhari Kare Lyrics
भोरही शिवाला प होई बड़ी भीड़ हो
कईसे तू चिन्हबs बा लागल फिकिर हो

भोरही शिवाला प होई बड़ी भीड़ हो
कईसे तू चिन्हबs बा लागल फिकिर हो
अरे गेरुआ कलर लिखल बोलबम ऊपर
जवन देले बानी किन के
अईह जलढारी करे ऐ जान
उहे वाला साडी पहिन के
अईह जलढारी करे ऐ जान
उहे वाला साडी पहिन के

गोर बाडू गेरुआ कलर तोहमे खुली
क लिहs टिका रगड़ी चन्दन के गुली
गोर बाडू गेरुआ कलर तोहमे खुली
क लिहs टिका रगड़ी चन्दन के गुली

सावन महिना जबसे चढ़ गईल बा
भक्ति आ भाव दिल में बढ़ गईल बा
मंदिर के फेरी तू लगईह पांच बेरी
अपना अंगूरी प गिन के
अईह जलढारी करे ऐ जान
उहे वाला साडी पहिन के
अईह जलढारी करे ऐ जान
उहे वाला साडी पहिन के

साचो कही लागतारु एतना सुनर हो
भोला करस केहू के ना लागे नज़र हो
साचो कही लागतारु एतना सुनर हो
आ बाबा करस केहू के ना लागे नज़र हो

तोहरे ला भूखल बानी श्रावणी सोमारी
खुश बा पवन मन अरुण बिहारी
पाके आशीर्वाद रखिह शिव जी के याद
ना भुलईह शुभ दिन के
अईह जलढारी करे ऐ जान
उहे वाला साडी पहिन के
अईह जलढारी करे ऐ जान
उहे वाला साडी पहिन के

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *