Bihar Me Ka Ba Lyrics Neha Singh Rathore

0

Bihar Me Ka Ba Lyrics Neha Singh Rathore. Bihar Me Ka Ba Is Viral Bhojpuri Song After Releasing Mumbai Me Ka Ba By Manoj Bajpayi. This Songs Is Written & Sung By Neha Singh Rathore.

Bihar Me Ka Ba Lyrics
कोरोना से बेमार बा
बाढ़ से बदहाल बा
भरी जवानी में मंगरुआ
चलत ठेन्गुरिया चाल बा
अरे का बा, बिहार में का बा

घर के नाम पs मड़ई भईया
थुन्नी बल्ली ढहल बा
जूट बोरीयवा सुते खातिर
चार लड़ीकवा लड़ल बा
अरे का बा, बिहार में का बा

हफ्ता के मजदूरी जोहे
राम लाल के मेहरारू
आ कन्धा पे हाथ
रखत ठेकेदार बा
का बा, बिहार में का बा

एह सुशासन बाबू
इज्ज़त कईले तार तार बा
हमरा लागेला निरहुआ बेमार बा
अरे सुतल सरकार बा
सुधार के दरकार बा
का बा, बिहार में का बा

बबुनी मोर स्कूले जाली
महटर साहब गायब
लिख लोढ़ा पढ़ पत्थर
पप्पुआ बने बिहार टोपर
तीन साल के डिग्री भईया
पांच साल में मिले
आ कुर्सी वाले साहब
घोड़ा बेच के सुतेले
बोल का बा, बिहार में का बा

पंद्रह साल चाचा रहले
पंद्रह साल पापा
तबो ना मिटल बेरोजगारी के ठापा
जब जब होले सईया मोरे
अरब के रवाना
तब तब जियरा जोहे
एगो एहिजो कारखाना
बोल का बा, बिहार में का बा

दू दू गो मोर भैस भईया
मिले नाही चारा
दह गईले बह गईले
बाढ़ के धारा
बोल का बा, बिहार में का बा

अरे रंगदारी बा रंगबाज़ी बा
गारी बा मार बा गर्दा बा
इहे बा

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here