Chalelu Gori Jhar Ke Lyrics Samar Singh

0

Chalelu Gori Jhar Ke Lyrics Samar Singh. Hamar Suit Patiyala Ke Bhail Ba Halla Chalelu Gori Jhar Ke Jhar Ke Na New Bhojpuri Song By Samar Singh & Antra Singh Priyanka. Lyrics Written By Akhilesh Kashyap While Music Shyam Sundar.

Chalelu Gori Jhar Ke Lyrics 
हमार सूट पटियाला
के भईल बा हल्ला
देखि नाक के नथिया
सभे भईल मतवाला (x2)

केहू ना बोलेला
पीछे आगे डोलेला
चली जब रूपवा संवार के
चलेलु गोरी झार के
झार के झार के ना
चलेलु गोरी झार के
झार के झार के ना

मखमली जवानी के पानी चढ़ाके
बनवलू गज़ब के सीन
तोहरे के छुई जे हो जाई क्वारंटाइन

डायमंड के गोटा जडल बाटे
हमरा ओढ़नी के कोर में
एही से उछडत बाडू तू
दुपहरिया सांझे भोर में

हम हवा हई हमार जनि करs फिकिर
जहाँ जाई ओहिजा होला खाली तोहरे जिकिर
लईका धधईलसन बुढवो पगलईलसन
हिला देब गऊआ जवार के
चलेलु गोरी झार के
झार के झार के ना
चलेलु गोरी झार के
झार के झार के ना

फैशन के खेती भईल बाटे
ऐ बाबु हमरा शरीर में
लाले लाले फ़रल बाडू तू
फरे जईसे सेव कश्मीर में

सुनs अखिलेश समर जानी चाहेले जवन
अब होखे दs हवन देरी बाटे कवन
पीछा तू छोड़ हो राह आपन मोड़ हो
बन गईल हेडक कपार के
चलेलु गोरी झार के
झार के झार के ना
चलेलु गोरी झार के
झार के झार के ना

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here