Kaise Bhula Di Ham Pyar Sajna Lyrics MLKR3

0

Kaise Bhula Di Ham Pyar Sajna Lyrics Mehandi Laga Ke Rakhna 3. Hath Ke Mehandi Ba Hamse Rusal Pura Bhail Na Sanehiya Ke Sapna Is Bhojpuri Sad Song By Rajnish Mishra & Vinti Singh From Bhojpuri Movie Mehandi Laga Ke Rakhna 3.

Kaise Bhula Di Ham Pyar Sajna Lyrics
कईसे भुला दी हम प्यार सजना, सजना
कईसे भुला दी हम प्यार सजना, सजना

जियब कईसे सहब हम जुदाई
हमरा नसीब में ना बा शहनाई
हाथ के मेहन्दी बा हमसे रुसल
हाथ के मेहन्दी बा हमसे रुसल
पूरा भईल ना स्नेहिया के सपना
कईसे भुला दी हम प्यार सजना, सजना

दिल के सब अरमान अब
टूट के बा बिखर गईल
दोष हम केकरा के दी
जब बेवफा किस्मत भईल

अपना के समझा लिहनी कईसो
अपना के समझा लिहनी कईसो
दिल नाही समझे समझाई केतना
कईसे भुला दी हम प्यार सजनी, सजनी
कईसे भुला दी हम प्यार सजनी, सजनी

हल्दी लगाव सखी
लगन चढ़ाव सखी आज हो
सखी बनी मुस्कुराए
देख तनिको ना लजाये
फूटे दिलवा में लड्डू ससुराल के
हल्दी लगाव सखी
लगन चढ़ाव सखी आज हो

इश्क़ में इ हाल बा
जिंदगी हम ना जी सकी
सामने दरिया बा
पानी भी हम ना पी सकी

दुल्हिन बनके जा नाही पवनी
दुल्हिन बनके जा नाही पवनी
डोली हमार रह गईल हमरे अंगना
कईसे भुला दी हम प्यार सजना, सजना
कईसे भुला दी हम प्यार सजना, सजना

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here