Vidhayaki Ke Chunav Lyrics Khesari Lal Yadav

0

Vidhayaki Ke Chunav Lyrics Khesari Lal Yadav. Ki Tohre Vidhan Sabha Se Ladab Ham Vidhayaki Ke Chunav New Bhojpuri Song By Khesari Lal Yadav & Antra Singh Priyanka. Lyrics Written By Akhilesh Kashyap While Music By Shyam Sundar.

Vidhayaki Ke Chunav Lyrics
ओह चाचा अरे वोट दिहs हो
ऐ भईया हऊ तोहार मलिया
अरे एकर तs बियाह होता रे

जात बानी ससुरा हम ना पीछे पीछे अईहs
हमरा खातिर जन लार टपकईहs
(उल्टी करब लारे के फेरा में बाडू, आई हे राम)

जात बानी ससुरा हम ना पीछे पीछे अईहs
हमरा खातिर जन लार टपकईहs
छाटल लफुआ तू तs हऊ
नाही ठीक बा तोहार बर्ताव
(शादी बड़ी दूर होता भुला जईहs
होखे दs तोहरे क्षेत्र से बेमतलब पार्टी से चुनाव लड़ब)

की तोहरे विधान सभा से लड़ब हम
विधायकी के चुनाव
की देख तानी कईसे ख़त्म करबू
दिलवा के लगाव

प्यार हम कईले बानी कईले नईखी पाप, बोलs सन रे
बोल बोल, भईये के मोहर ह भतार छाप
इ कवन मोहर ह हो

की तोहरे विधान सभा से लडिहे इ
विधायकी के चुनाव

लोरवा निकलsताटे
हमरा हो नयन से
लागता की रहे ना देबs पिया घरे चैन से

तू अईसन देखले ना होईबू चहेता
प्यार में पगला के बनब नेता
काहे देत बाड़s बोलs कोमल दिलवा में घात

की तोहरे विधान सभा से लड़ब हम
विधायकी के चुनाव
की देख तानी कईसे ख़त्म करबू
दिलवा के लगाव

डिब्बा में डिब्बा आ डिब्बा में केक
खेसारी भईया हवे हमार लाखो में एक

अईसन जनि करिहs कबो
बाटे रिक्वेस्ट हो
शादी कके अपनों लाइफ कs ल जाके सेट हो

त जख्म दिहल ना तोहार भुलाएम
भौजी भौजी कह के वोट मांगे आएम
अखिलेश खेसारी बॉमबे जाके बेचिहs बड़ापाव
(काहे जीत जाइब तs तोहरा दुआर
प इनार खोनवा देब का, ना पोखरा)

की तोहरे विधान सभा से लड़ब हम
विधायकी के चुनाव
की देख तानी कईसे ख़त्म करबू
दिलवा के लगाव

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here